Saturday, May 31, 2008

उठबजा कि लगाईं एक लबादा........

इ बलगवा त एकदमे खतम हो गइल बा...अरे मेंबर लोगन कहवां सुतल बाड़जा, उठबजा कि एक एक लबदा लगाईं तोहन लोगन के....हांय, अरे महराज भोजपुरी में का-का कुल होत बा, फिलिम बनता, सीरियल बनता, गाना त का जानी केतना बन चुकल बा, आ तोहन लोग बस बलाग बनाके मार खर्र-खर्र सुतत बाड़ जा॥अरे उ मनोजवा के देखहल जा, गजबे अंकरिंग करता रोशनी चोपड़ा के साथे...अरे अपने त कुछ बोलते नइखे...खाली उहे लइकिया बोलते रहतिया...उ खाली टपर टपर तकते रह जात बा...आ अभिए काल्ह देखनी हं कि अपना बरवा गजबे उल्टा पुल्टा कइके आइल रहल ह....ससुरा भोजपुरी वालन के अब नाक कटवाइ का...अरे केहु के जान पहचान होके ओकरा से बोलजा हो..................................................

1 comment:

azdak said...

हम बोलीं का? लेकिन हमार गांव गंगा किनारे नइखे!