Saturday, May 31, 2008
उठबजा कि लगाईं एक लबादा........
इ बलगवा त एकदमे खतम हो गइल बा...अरे मेंबर लोगन कहवां सुतल बाड़जा, उठबजा कि एक एक लबदा लगाईं तोहन लोगन के....हांय, अरे महराज भोजपुरी में का-का कुल होत बा, फिलिम बनता, सीरियल बनता, गाना त का जानी केतना बन चुकल बा, आ तोहन लोग बस बलाग बनाके मार खर्र-खर्र सुतत बाड़ जा॥अरे उ मनोजवा के देखहल जा, गजबे अंकरिंग करता रोशनी चोपड़ा के साथे...अरे अपने त कुछ बोलते नइखे...खाली उहे लइकिया बोलते रहतिया...उ खाली टपर टपर तकते रह जात बा...आ अभिए काल्ह देखनी हं कि अपना बरवा गजबे उल्टा पुल्टा कइके आइल रहल ह....ससुरा भोजपुरी वालन के अब नाक कटवाइ का...अरे केहु के जान पहचान होके ओकरा से बोलजा हो..................................................
Friday, January 4, 2008
अरे भिया तनिक रूक त जा
अरे भैया काहे बरे इतना तेज़ जात हे रुकी जा तनी देर ,इतना का जल्दी बा कि भुलाई जा कि केव सड़क पार करत बा ,तोहरा गाड़ी के तेज़ी से केहू के जान जा सकेला .केहुके माँग उजड़ी त केहू क बाप चल जाई ,जिगेर के लाल जाये त करेजवा सुखा जाई अरे तोहू त केउ क हव ,माई -बाप के जियरा से पूछा कि तोहरा बाद उनकर क हाल होई .एम्मा सरम नइखे कि तनिक जवानी कण्ट्रोल मैं राखल जाओ,और तनिक दूसरो के जिन्दगी के ख्याल राखल जाऊ
Subscribe to:
Posts (Atom)